
Asst. Prof @RLAC_DU | PhD (Mass Comm) | Columnist & Bhojpuri Advocate | ICSSR Fellow ’18-20 | Ex TSI, SunStar, IOP @Bhoj_Bhoomi | Member @aakharbhojpuri
New Delhi, India
Joined April 2014
- Tweets15.4K
- Following878
- Followers2.9K
- Likes18K
इंडिगो के पटना फ़्लाइट के क्रू भोजपुरी में ब्रीफ़ करत बाड़ें @IndiGo6E के इ पहल सराहे योग बा. गोरखपुर, पटना, बनारस, कुशीनगर के यात्री लोग ख़ातिर भी भोजपुरी में ब्रिफिंग होई तो बड़ा निमन रही. निहोरा बा इंडिगो से कि ऊ एकरा ख़ातिर ठोस पहल करे. @aakharbhojpuri
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
खरना ( छठ पूजा के दुसरा दिन)
छठ पूजा के दुसरका दिन 'खरना' कहाला। आज सांझि खा खरना के परसादी यानि कि खीर आ रोटी के भोग लागी, एहि परसादी के छठ व्रती लो खाई लो। एह परसाद लेहला के बाद 36 घंटा के निर्जला व्रत के शुरुवात होइ। कातिक के पचमी के दिने खरना होला।
छठ व्रती लो के आखर परिवार के ओर से सकल भोजपुरिया समाज के ओर से सादर प्रनाम ।
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
बहँगी में बसल बा लोक के पूरा संसार
- देवेंद्र एन तिवारी
लरिकाइये से छठ देखत आइल बानी। अब खुद छठ करेनी। हर बरिस कातिक के महीना आवेला आ घर-अंगना के दिनचरिया बदल जाला। अबकी छठ होई। छठ माई के नेवतल जाला। फिर छठ के तइयारी सुरू होते मन में एगो सवाल उठेला कि लोक, आपन आस्था के केतना जतन से सहेजले बा। एह परब में कुछुओ ऊपर से ओढ़ल-पहिरल नइखे। हर चीज के आपन विधान बा। हर काम के पाछे पुरनियन के अनुभव आ समझ छिपल बा। हर विधि के संगे कवनो गीत जुड़ल बा। नेह-निष्ठा में कवनो देखावा नइखे। कवनो बनावट नइखे। जवन बा, अपना खाँटी रूप में बा।
दशहरा बीत गइल। दियरी के परबो बीत गइल। कातिक के एकम आइल कि घर के तइयारी सुरू हो गइल। भिनसहरे लोग गंगा जी के किनारे जाए लागेला। उहाँ से माटी ले आवेला। घर के आँगन में माटी के चूल्हा पारल जाला। ओकरा के सूखे खातिर छोड़ दिहल जाला। फेर डेहरी के पारी आवेला। बरिस भर खातिर सहेज के रखल गेहूँ निकालल जाला। घर के मेहरारू लोग सूप उठावेली। गेहूँ फटकल जाला। आखल जाला। एक-एक कंकड़, तिनका आ गंदगी चुन के अलग कइल जाला। फेर गेहूँ धोवल जाला। धूप में सुखावल जाला। एह सगरी काम के संगे-संगे गीत उठत रहेला। सुग्गा के संबोधित करत ऊ गीतो सुनाई पड़ेला, ‘मरबो से सुगवा, धनुख से, जो रे गेहूँ दियो जूठिया…।’ गीत में एगो सुग्गा बा। गेहूँ बा आ ओह अन्न के पवितरता बचवले रखे के चिंता बा। ई चिंता कवनो एक घर के नइखे। पूरा लोक के बा।
अब नहाय-खाय के दिन आ गइल। गंगा स्नान के बाद व्रती (परवइतिन) अरवा चाउर के भात, चना के दाल, अजका-बजका आ लौकी के तरकारी खाले। खाए-पीए में सादगी। साधना खातिर मन आ शरीर के तैयारी बदे, इ भोजन जरूरी बा। रसोई बनावे में पूरा सावधानी बरतल जाला। घर के जाँता धो-पोंछ के सुखा दिहल गइल बा। चौका लीप दिहल गइल बा। अब ओही जाँता पर छठ के गेहूँ पीसल जाई। आटा तइयार होई। चूल्हा खातिर आम के लकड़ी जुटावल जाई। एह काम में कवनो दोसर लकड़ी के इस्तेमाल ना होई। हर चीज के चुनाव में पुरनियन के चलावल परिपाटी बा। ओह परिपाटी के पीछे उनकर अनुभव आ जीवन-बोध बा।
फेर खरना आवेला। घर में चूल्हा तइयार बा। पितरिया कराही चढ़ गइल बा। साँझ के पूजा होला। धूप-हुमाद देखावल जाला। केरा के पात पर रोटी, साठी के चाउर के खीर आ केला के प्रसाद सजावल जाला। पहिले व्रती प्रसाद ग्रहण करेली। फेर पूरा परिवार ओही प्रसाद के आदर से खाला। एही के संगे निर्जला व्रत सुरू हो जाला। घर में एगो अलग किसिम के अनुशासन उतर आवेला। रसोई से लेके आँगन तक हर आदमी आपन जिम्मेदारी समझेला। केहू लकड़ी जुटावेला, केहू बरतन धोवेला, त केहू प्रसाद बनावे में हाथ बँटावेला। घर के काम सबके काम हो जाला।
खरना के बाद ठेकुआ बनावे के तइयारी सुरू हो जाले। चौका में पितरिया कराही चढ़ेला। आटा सानल जाला। ठेकुआ के साँचा निकालल जाला। आम के लकड़ी पर प्रसाद छानल जाला। एह बीच गीतन के एगो पूरा संसार खुल जाला। गीत गावत हाथ चलत रहेला। केहू एगो पाँति उठावेला, बाकी मेहरारू लोग ओह पाँति के दुहरावेली। एह तरह गीत घर के काम में घुल-मिल जालें। ऊ पूजा के तइयारी से अलग कवनो मनोरंजन नइखन। पूजा के विधि के हिस्सा बाड़ें।
अब साँझ के अरघ के बेरा आ गइल। पहिले खेत से ऊँख आवत रहे। अब गन्ना के खेती कम हो गइल बा त छठ खातिर अस्थायी बाजार सजे लागल बा। लोग उहँओ निखहरे पाँव जाएला। दउरा आ बहँगी खातिर सामान जुटावेला। केला, शरीफा, काँच हरदी, अदरक, घुइयाँ, सिंघाड़ा, डठगर पान, अलता, पियरका सेनुर, सुपारी, बोड़ो, मूली, काँच केला, नारियल, अनारस, सेव, नारंगी, नींबू, गागल आ केरा के घवद। बाँस के सूपो आवेला। काँच बाँस के बहंगी भी। मय सामान घरे आ जाला त फेर से धोवल जाला। एक-एक चीज के जतन से दउरा में सजावल जाला। इहाँ सजावे के मतलब देखावा नइखे। ई धरती के देन के प्रति कृतज्ञता जतावे के लोकरीति ह। धरती जवन देले बिया, ओही के लेके मनई अपना आराध्य के सोझा हाजिर होला।
पुरा लेख पढीं - m.facebook.com/story.php?sto…
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
छठ पर्व के व्याकरण/ छठ पूजा के ग्रामर । आखिर छठ पूजा के गीतन के का महता बा ! सुनी एह छठ गीतन के !
youtube.com/live/CV6w4YCbdW0…
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
छूट गइल माई क अचरा,
छूटल गांव सिवान हो।
दू पइसा के खातिन अइलीं, शहरी बन अनजान हो।
कहे के बा की गांव के माटी से अन धन बरसेला।
महंगी बा एतना की अब, ओसे ना पेट भरेला।
पइसा जब भेजब तब जीयल ऊँहा होई आसान हो।
दू पइसा के खातिन अइलीं, शहरी बन अनजान हो।
उठल भीत बा घर के लेकिन, छत बा ओकर बाकी।
दुअरा पर पानी लागे ला, गईयन के बा टाटी।
खटब शहर में तबे जुटाइब, लिंटर के सामान हो।
दू पइसा के खातिन अइलीं, शहरी बन अनजान हो।
घर में बा बिजली सबके पर मन में अन्हरिया छाइल।
जाने काहें सुरसा जइसन दुख सबके बढ़िआइल।
सूद क पइसा भेजत रहिया कहले बा परधान हो।
दू पइसा के खातिन अइलीं, शहरी बन अनजान हो।
माई कहे ले बाबू हमरा मूड़ी रोज पीराला।
मेहरारू के खटनी कई कई देहियाँ रोज खियाला।
दूर देश से परिवरवा क पइसा राखे ध्यान हो।
दू पइसा के खातिन अइलीं, शहरी बन अनजान हो।
श्वेता राय
छठ खाली काँच ही बाँस के बहँगियाँ तक सीमित नइखे। एहिजा हर विधि के आपन गीत बा। गेहूँ फटके के अलग, प्रसाद बनावे के अलग, बहँगी उठावे के अलग, साँझ के अरघ के अलग, कोसी भरे के अलग आ भोरहरिया अरघ के अलग। ई गीत पूजा के बीच बजावे वाला गीत नइखन। ई पूजा के विधि के संगे-संगे चले वाला गीत हउवें। जइसे मंत्रोच्चार आ आरती के बिना कवनो पूजा अधूरा लागेला, ओइसहीं छठ के अनुष्ठान में एह लोकगीतन के आपन खास जगह बा। एह गीतन के गुनगुनावल भर काफी नइखे। इनकर भाव आ प्रसंगो समझल जरूरी बा। ई मेहरारू लोग के स्मृति में बसल लोकमंत्र हउवें। पीढ़ी-दर-पीढ़ी एही गीतन के सहारे छठ के विधि अगिला पीढ़ी तक पहुँचत रहल बा। @chandanfolk के 19 छठ गीत (लोक मंत्र कहल ठीक रही) पर एह सीरीज ‘ग्रामर ऑफ छठ गीत’ के सुनी, गुनगुनाईं… छठ मइया सहाय होखसु… जय छठ मइया
youtube.com/live/CV6w4YCbdW0…
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
छठ पर्व के व्याकरण/ छठ पूजा के ग्रामर । आखिर छठ पूजा के गीतन के का महता बा ! सुनी एह छठ गीतन के !
youtube.com/live/CV6w4YCbdW0…
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
पिछला कुछ साल से छठ पूजा के बेर एगो आवाज के इंतजार अब आदत बन गइल बा । आज उहां के आवाज में छठ गीत आइल बा । बाजार के एह आपाधापी से परे, नेम से पत साल छठ गीतन के अनमोल धरोहर में कुछ नग कुछ मोती जोहि के सोझा राखेनी Smita Rajan जी !
इहां के आवाज में असो के गीत सुनल जाउ -
youtu.be/fVsox14tKzI?si=5dPI…
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
लोक आस्था और सूर्य उपासना के चार दिवसीय पावन अनुष्ठान महापर्व छठ के शुभारंभ पर सभी देशवासियों को हार्दिक शुभकामनाएँ। आज नहाय-खाय है। सभी व्रतियों को मेरा नमन। सबको छठी मइया का आशीर्वाद मिले, यही कामना है।
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
छठ पर्व के तइयारी आ एह तइयारी के संगे गवाए वाला गीतन के भाव… छठ माई के नेवता देहला के बाद अब तइयारी के अगिला डेग अंगउ गंहूम के धोवे सुखावे पीसे के तइयारी !
youtu.be/-za6m0PlYXs?si=JxsQ…
हियरा के बतिया और छठी मइया से सपनों की अरज bhojpuri24.com/man-ki-baat-c… via @bhojpuri24.com
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
आखिर का हऽ ‘चउमुख दियना’
- देवेन्द्र नाथ तिवारी
छठ के गीतन में एगो बात बार-बार मन के छू जाले। ‘चउमुख दियना’। दू गो शब्द, बाकिर एहमें समाइल संसार केतना बड़ बा! माटी के पात्र, चार गो बाती आ चारो ओर फइलत लौ। देखे में तऽ इ पूजा के एगो साधारण सामान हऽ, बाकिर लोक के कल्पना में एकर अरथ एतने भर नइखे। लोक अपना छोट-छोट चीज-बतियन में पूरा संसार के समेट लेला। नदी, खेत, अकास, सूरज, घर-परिवार आ पुरखन के स्मृति, सब कुछ ओकरा जीवन-बोध के हिस्सा हऽ। चउमुख दियना के चारो मुख में भी लोक के एही व्यापक दृष्टि के झलकि मिलेला।
हमनी के लोक में दर्शन पोथी-पतरा तक सीमित नइखे। ऊ चूल्हा के आँच में बा, खेत के मेड़ पर बा, इनार के पानी में बा आ अंगना के तुलसी चौरा में भी। सोहर, कजरी आ छठ के गीतन में जीवन के अनुभव, प्रकृति के प्रति नेह आ पुरान संस्कार एक-दूसरा में घुलल-मिलल मिलेलें। एहिजे लोक के सृजनशीलता के असल पहचान बा। ऊ गूढ़ बात के सहज प्रतीक में ढार देला। चउमुख दियना अइसने एगो प्रतीक हऽ।
भारतीय चिंतन में चार के अंक के खास महत्त्व बा। चार दिशा, चार पुरुषार्थ, चार वेद आ चार आश्रम। सबसे पहिले दिशा के बात। पूरुब, पच्छिम, उत्तर आ दक्खिन। आदमी के आवागमन, ओकर बसावट आ संसार के बोध एही चार दिशा से बनत बा। पूरुब में सूरज उगेला, पच्छिम में डूबेला। छठ के परब में दुनो रूप के समान आदर मिलेला। उगत सूरज के अरघ देबे के परंपरा तऽ बटले बा, डूबत सूरज के सामने भी व्रती ओतने श्रद्धा से माथ नवावेली। लोक के इ भाव-बोध बड़ अर्थवान बा। ओकरा नजर में जीवन के उदय आ अवसान, दुनो के आपन गरिमा बा। चउमुख दियना के चारो ओर फइलत लौ मानो चारो दिशा के अपना नेह में समेट लेत होखे।
चार पुरुषार्थ के प्रसंग में चउमुख दियना के एगो अउरी अर्थ खुलता। धर्म, अर्थ, काम आ मोक्ष। भारतीय जीवन-दृष्टि एह चारो के जिनगी के जरूरी आधार मानले बिया। धर्म से मरजादा मिलेला, अर्थ से जिनगी के निर्वाह होला, काम से नेह आ रस बनल रहेला आ मोक्ष से बंधनमुक्ति के आकांक्षा। लोक के आदमी एह चारो के अपना रोजमर्रा के जीवन में जीयेला। खेत में मेहनत, परिवार के परवरिश, पड़ोसी के दुख में साझेदारी आ जरूरतमंद के सहायता, इ सब ओकर धर्म के सहज रूप हऽ। ओकरा खातिर अर्थ मेहनत से उपजल अन्न हऽ, काम नेह-पिरित आ मोक्ष अपना स्वार्थ से ऊपर उठे के चाह। एह तरह चार पुरुषार्थ कवनो दूर के दार्शनिक कल्पना ना रह जालें, जिनगी के व्यवहार में उतर आवेलें।
चार वेद के इयाद भी एह प्रसंग में स्वाभाविक बा। ऋग्वेद, यजुर्वेद, सामवेद आ अथर्ववेद। भारतीय ज्ञान-परंपरा के एह चारो धारा में प्रकृति, यज्ञ, संगीत, औषधि आ मनुष्य के जीवन से जुड़ल अनेक प्रसंग बा। सामवेद के संगीत-परंपरा के याद आवते छठ के गीत कान में गूँजे लागेलें। खेत में काम करत मेहरारू के कंठ से उठल गीत, घाट पर समूह में गावल जात अरज आ पीढ़ी-दर-पीढ़ी चलत धुन, इ सब लोक के सांगीतिक विरासत ह। एह गीतन के कवनो लिखित विधान के जरूरत ना पड़ल। माइ से बेटी, सास से बहू आ एगो पीढ़ी से दोसरा पीढ़ी तक इ धरोहर सहज रूप से चहुँचत रहल। चउमुख दियना के चारो मुख में चार वेद के कल्पना एह शास्त्रीय परंपरा आ लोक-संस्कृति के बीच एगो सुंदर साम्य रचेला।
चार आश्रम, ब्रह्मचर्य, गृहस्थ, वानप्रस्थ आ संन्यास, जीवन के चार पड़ाव के बोध करावेलें। बालपन के सीख, गृहस्थी के जिम्मेदारी, सांसारिक कामना से क्रमशः विरक्ति आ अंततः साधना के राह। छठ के परब में एह पीढ़ीगत परंपरा के जीवंत रूप देखे के मिलेला। घर के बुजुर्ग मेहरारू व्रत के नेम बतावेली, बहू ओकरा निभावेली आ लइका लोग देखत-देखत रीति-रिवाज सीखेला। एह तरह परंपरा के किताब में ना, घर-अंगना के व्यवहार में अगिला पीढ़ी तक पहुँचावल जाला।
बाकिर चउमुख दियना के अर्थ खाली एह चार सांस्कृतिक अवधारणा तक सीमित नइखे। ओकरा बनावे आ जरावे में जे लोकजीवन जुड़ल बा, ऊ भी कम महत्त्व के नइखे। माटी के दीया कुम्हार के हाथ से बन के आवेला। ओकरा में डाले वाला तेल खेती से मिलेला, बाती कपास से बनेले आ ओकरा जरावे वाला घर के केहू सदस्य होला। एगो छोटहन दीया में धरती, खेती, शिल्प आ श्रम के एतना सहज मेल बा। छठ के अनुष्ठान एह मेल के अउरी व्यापक बना देला। बाँस के सूप, माटी के चूल्हा, गन्ना, नारियल, केला आ फल-फूल, सब प्रकृति आ मनुष्य के साझेदारी के प्रमाण ह।
पुरा पढीं आखर प - facebook.com/share/p/1Cggd8f…
कार्तिक की अमावस बीत गई है। दीपावली के बाद की सुबह है। रात के पटाखे थम चुके हैं। हवा में अब भी बारूद की गंध है। रात भर की आतिशबाजी से घरों के पालतू पशु और चिरई-चुरुंग कितने सहमे होंगे, यह गाँव का संवेदनशील मनई समझ सकता है। भोर में माई उठ गई हैं। आँगन बुहारने और दल्लीदर खेदने के बाद अब घारी की ओर गई हैं। पूरब में लालिमा उभर रही है। गइया रँभा रही है। बछिया अपनी माँ के पास जाने के लिए पगहा ताने हुए है। बैल नाद के पास खड़े हैं। आज माई को इनके लिए कुछ खास करना है। पगहे बदले जाएँगे। नाद साफ होगा। सिर पर कडुआ तेल मला जाएगा। माथे पर सिंदूर का टीका लगेगा। सींगों पर गेर चढ़ेगा। गले में नई घंटियाँ पड़ेंगी। खाने के लिए गुड़, रसियाव और दलही पूड़ी मिलेगी। आज परुआ है। हमारे भोजपुरी अंचल का नया साल।
हमारे भोजपुरी अंचल में नए साल का पहला दिन कुछ इस तरह शुरू होता है। घर के लोगों के साथ ‘घारी’ और ‘बथान’ की भी सुधि ली जाती है। जिन पशुओं के श्रम से साल भर खेतों में अन्न उपजता है। घर- गृहस्थी चलती है। उनके हिस्से भी आज का उत्सव आता है। उन्हें काम से छुट्टी मिलती है। मनुष्य अपने इन मूक सहकारियों के प्रति कृतज्ञता प्रकट करता है। परुआ की इस छोटी-सी रस्म में पुरबिया कृषि संस्कृति का जीवनबोध छिपा है।
गंगा, सरयू, गंडक और राप्ती से सिंचित यह भूभाग सदियों से खेती-किसानी की संस्कृति का संवाहक रहा है। यहाँ खेती आजीविका का साधन भर नहीं, जीवन की पूरी व्यवस्था थी। खेत, खलिहान, घर, परिवार, मौसम, मेले और त्योहार, सबकी अपनी जगह थी। इस व्यवस्था में पशुधन का महत्त्व मनुष्य के जीवन से अलग करके नहीं देखा जा सकता था। गाय दूध देती थी। बैल खेत जोतते थे। भैंस परिवार की जरूरतें पूरी करती थी और गोबर खेतों की उर्वरता बढ़ाता था। पशु किसान की संपत्ति जरूर थे। पर उनके साथ उसका संबंध मालिक और संपत्ति का नहीं था। उनके नाम होते थे। उनकी आदतें पहचानी जाती थीं। उनके बीमार पड़ने पर घर के लोगों की चिंता बढ़ जाती थी। वे गृहस्थी के सदस्य थे।
परुआ इसी आत्मीय संबंध का सालाना उत्सव है। इस दिन पशुओं के पगहे बदले जाते हैं। नाद साफ होता है। घारी, गौशाला और बथान में चूना छींटा जाता है। उनके सिर पर तेल, माथे पर सिंदूर और सींगों पर गेर सजता है। गले में नई घंटियाँ और घुँघरुओं की माला पड़ती है। गुड़, रसियाव और दलही पूड़ी खिलाकर उन्हें दिन भर के लिए काम से छुट्टी दे दी जाती है। किसान इस दिन अपने श्रम के साझेदारों के प्रति आभार प्रकट करता है। जिनके श्रम से अन्न उपजता है, उनके हिस्से भी एक दिन का उत्सव और विश्राम होना चाहिए। यह खेती के लंबे अनुभव से उपजा लोकविवेक है।
परुआ के दिन पुरबिया अंचल में खेती-किसानी का कोई काम नहीं होता। हल-बैल विश्राम करते हैं और घर के लोग भी रोजमर्रा के काम से छुट्टी लेते हैं। इस पर्व में श्रम के साथ विश्राम की भी एक मर्यादा तय की गई है। धरती से अन्न लेने वाला किसान जानता था कि पशुओं से काम लेने की भी एक सीमा है। उनके श्रम का मान करना और उन्हें विश्राम देना उसकी जिम्मेदारी है। संभव है, परुआ के नाम में भी इस विश्राम का कोई लोकसंबंध हो। पुरबिया बोली में पड़े रहने का भाव आराम करने से जुड़ता है।
bhojpuri24.com/parua-purbiya…
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
आज से छठ पूजा के तैयारी शुरू होई ! एह पूजा के शुरुआत छठ माई आ प्रकृति के नेवते से शुरू होला !
सुनल जाउ एह गीत के - youtu.be/qDEzTEHScAw?si=AgMK…
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
आखर परिवार के ओर से दिअरी - बाती के एह पावन तेवहार प खूब बधाई आ शुभकामना....
सभका जिनगी में अँजोर बनल रहे, सब लोग खुश रहे स्वस्थ रहे जिंदाबाद रहे, भोजपुरी भाषा, समाज, क्षेत्र, भारत देस आ संवसे सृष्टि के विकास होखे, सही तरीका से आगे परी डेग बढ़त रहे, बस इहे कामना बा...
भोजपुरी भाषा खातिर भोजपुरिया लो अँजोर बनो आ अन्हार के चहेट के भगा देउ बस इहे चाहीं असो के दिवाली प..
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
शुभ दिवाली !
दिअरी-बाती के खुब बधाई ।
भोजपुरिया इलाका में दिवाली से पहिले साफ-सफाई , रंगाई-पुताई के बाद दीवाल पर चित्रकारी कइल जाला । घरौंदा बनावल जाला । देवी देवता लो के तरह तरह के रंग से देवाल पर उकेरल जाला । ई कला आज बिलम रहल बा ।
दिवाली के दिन माई लक्ष्मी के पूजा उनकर तीन रूप महालक्ष्मी, महाकाली आ महासरस्वती में कइल जाला । दिवाली के एगो आउर रूप ह काली पूजा । असम, बंगाल, ओड़िसा आ मिथिला क्षेत्र में ई श्यामा पूजा आ महानिशा पूजा कहला ।
आखर परिवार आ ओर से रउवा सभे के दिवाली के अनघा शुभकामना आ बधाई बा ।
फोटो में -
1- काली माई के पेंटिंग भोजपुरिया भित्ती कला में
2- भगवान गनेश आ लछिमी माई के पेंटिंग भोजपुरिया भित्ती कला में
3- भगवान राम के अयोध्या वापसी , सरजू जी में नाई प भगवान राम लखन जी सीता माई आ हनुमान जी के भोजपुरिया भित्ती कला में पेंटिंग
चित्र / पेंटिंग साभार - संजीव सिन्हा
लेख / कंटेंट - शशी रंजन मिश्र
आज दीपावली है। मन अपनों की ओर लौटने को आतुर है। घर-आँगन की रौनक, दीयों की जगमगाहट, मिठाइयों की मिठास और अपनों का साथ… कितना कुछ है इस त्योहार में!
इसी खुशी के बीच मन में कुछ बातें आती हैं। क्यों न इस बार घर के साथ अपने मन और रिश्तों को भी थोड़ा सँवारें…
🪔 मन की सफाई भी करें। पुरानी कड़वाहटें छोड़ें और मन को हल्का करें।
🪔 खुशियाँ बाँटें। किसी ज़रूरतमंद के घर तक भी त्योहार की मिठास पहुँचाएँ।
🪔 अपनों को समय दें। साथ बैठें, बातें करें। ये छोटे-छोटे पल ही जीवन की अनमोल यादें बनते हैं।
🪔 बड़ों का स्नेह और आशीर्वाद लें। माता-पिता और बुजुर्गों के साथ कुछ पल बिताएँ। उनका सान्निध्य अनमोल है।
🪔 रिश्तों को एक और मौका दें। पुराने मनमुटाव भुलाकर किसी अपने की ओर दोस्ती का हाथ बढ़ाएँ।
🪔 नए सपने और संकल्प सँजोएँ। आने वाले वर्ष को बेहतर बनाने की दिशा में छोटे-छोटे कदम बढ़ाएँ।
🪔 बीते कल को सहजता से स्वीकारें। अच्छी यादों को सँजोएँ, अनुभवों से सीखें और नई उम्मीदों के साथ आगे बढ़ें।
आखिर दीपावली की उजास तभी सार्थक है, जब दीये घरों के साथ दिलों में भी जलें। हमारे व्यवहार में संवेदना हो और हमारी खुशियों से किसी दूसरे के जीवन में भी मुस्कान आए।
आप सभी को सपरिवार दीपावली की हृदयपूर्ण मंगलकामनाएँ। 🙏
सादर
डॉ. देवेंद्र नाथ तिवारी
2
69
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
2010 में सिवान के जीरादेई में पहिला भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मेलन आयोजित भइल। इंटरनेट के शुरुआती दौर रहे। आयोजक लोग इंटरनेट के माध्यम से जुड़ल रहे । एक दूसरा के केहू देखले तक ना रहे । तय भइल कि कार्यक्रम राजेंद्र बाबू के जन्मभूमि पर होई । हम उत्साहित होके जिम्मेदारी ले लिहनी । तैयारी शुरू भइल । रोज शाम के गुरुजी से आयोजन के उद्देश्य आ कार्यक्रम के स्वरूप के साथे - साथे तैयारी पर बात होखे । गांव के युवा लो के जबरदस्त सहयोग मिलल । जीरादेई में पंजवार जम गइल। गुरुजी के नेतृत्व में नवचेतना समिति जीरादेई के अपना रंग में रंग लेले रहे । 3 दिसंबर के रात में मंच से जब भरत शर्मा जी के कंठ से निकलल,
अँगना दुआर सगरी महल अटरियाs....
जीरादेई के हर घर के केवाड़ी में ताला लाग गइल रहे । मरद - मेहरारू, लइका -लइकी , बूढ़ - जवान, सभे पांडाल के शोभा बढ़ावत रहे । सबका मन पर अमिट छाप छोड़ गइल ई आयोजन ।
तय भइल रहे कि हर साल सम्मेलन अलग अलग जगह पर होई । अगिला साले जब आयोजन स्थल चयनित करे के बात आइल त सबके दिमाग में गुरुजी के चेहरा नाचत रहे ।
बाद में पंजवार आखर के कर्मस्थली बन गईल आ गुरुजी एकर प्रतीक ।
नमन गुरुदेव
🙏🙏
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
Hello @SarvamAI,
I am 70, an oral cancer survivor since 2015. Cancer took away my God-given gift of speech. Today, my wife is my voice before doctors, banks and the outside world.
I have spent years communicating through written notes, often unread or unanswered. At cancer hospitals, I see countless patients struggling to express their suffering. Our pain is ours, but our voice has become someone else’s.
India has an estimated 1.99 million people with speech disabilities. For us, Text-to-Speech AI is not a convenience. It is our lost voice restored.
A doctor may not read my 100-word note, but could listen to it in under a minute.
Yet your per-character pricing makes regular use expensive.
Could @SarvamAI introduce an affordable, unlimited-use Divyangjan monthly subscription like other AI models like #ChatGPT #GeminiAI?
We are not asking for charity. We are asking for the dignity of speaking for ourselves.
Waiting for your reply so that I can subscribe this tool right away.
@narendramodi @AshwiniVaishnaw
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
शारदा सिन्हा : बिहार कोकिला - सुर के देवी !
जयंती - 1 अक्टूबर 1952
पुण्यतिथि- 5 नवम्बर 2024
लोक पर्व छठ के असल आवाज, बिहार के लोकभाषा सभ के आवाज, भोजपुरी में गीत-संगीत के अटूट पहचान माई शारदा जी के पुण्यतिथि प आखर परिवार बेर बेर नमन क रहल बा श्रद्धांजलि दे रहल बा !
बेर बेर नमन माई शारदा 🙏🙏















