डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) (@idrdev) header
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) (@idrdev) profile picture

Asst. Prof @RLAC_DU | PhD (Mass Comm) | Columnist & Bhojpuri Advocate | ICSSR Fellow ’18-20 | Ex TSI, SunStar, IOP @Bhoj_Bhoomi | Member @aakharbhojpuri

New Delhi, India
Joined April 2014
Photo by डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) (@idrdev)Photo by डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) (@idrdev)Photo by डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) (@idrdev)Photo by डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) (@idrdev)Photo by डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) (@idrdev)
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
जय हो छठ माई 🙏🙏 #chhathpooja #chhathimaiya #chhath
3
9
258
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
खरना ( छठ पूजा के दुसरा दिन) छठ पूजा के दुसरका दिन 'खरना' कहाला। आज सांझि खा खरना के परसादी यानि कि खीर आ रोटी के भोग लागी, एहि परसादी के छठ व्रती लो खाई लो। एह परसाद लेहला के बाद 36 घंटा के निर्जला व्रत के शुरुवात होइ। कातिक के पचमी के दिने खरना होला। छठ व्रती लो के आखर परिवार के ओर से सकल भोजपुरिया समाज के ओर से सादर प्रनाम ।
6
16
354
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
बहँगी में बसल बा लोक के पूरा संसार - देवेंद्र एन तिवारी लरिकाइये से छठ देखत आइल बानी। अब खुद छठ करेनी। हर बरिस कातिक के महीना आवेला आ घर-अंगना के दिनचरिया बदल जाला। अबकी छठ होई। छठ माई के नेवतल जाला। फिर छठ के तइयारी सुरू होते मन में एगो सवाल उठेला कि लोक, आपन आस्था के केतना जतन से सहेजले बा। एह परब में कुछुओ ऊपर से ओढ़ल-पहिरल नइखे। हर चीज के आपन विधान बा। हर काम के पाछे पुरनियन के अनुभव आ समझ छिपल बा। हर विधि के संगे कवनो गीत जुड़ल बा। नेह-निष्ठा में कवनो देखावा नइखे। कवनो बनावट नइखे। जवन बा, अपना खाँटी रूप में बा। दशहरा बीत गइल। दियरी के परबो बीत गइल। कातिक के एकम आइल कि घर के तइयारी सुरू हो गइल। भिनसहरे लोग गंगा जी के किनारे जाए लागेला। उहाँ से माटी ले आवेला। घर के आँगन में माटी के चूल्हा पारल जाला। ओकरा के सूखे खातिर छोड़ दिहल जाला। फेर डेहरी के पारी आवेला। बरिस भर खातिर सहेज के रखल गेहूँ निकालल जाला। घर के मेहरारू लोग सूप उठावेली। गेहूँ फटकल जाला। आखल जाला। एक-एक कंकड़, तिनका आ गंदगी चुन के अलग कइल जाला। फेर गेहूँ धोवल जाला। धूप में सुखावल जाला। एह सगरी काम के संगे-संगे गीत उठत रहेला। सुग्गा के संबोधित करत ऊ गीतो सुनाई पड़ेला, ‘मरबो से सुगवा, धनुख से, जो रे गेहूँ दियो जूठिया…।’ गीत में एगो सुग्गा बा। गेहूँ बा आ ओह अन्न के पवितरता बचवले रखे के चिंता बा। ई चिंता कवनो एक घर के नइखे। पूरा लोक के बा। अब नहाय-खाय के दिन आ गइल। गंगा स्नान के बाद व्रती (परवइतिन) अरवा चाउर के भात, चना के दाल, अजका-बजका आ लौकी के तरकारी खाले। खाए-पीए में सादगी। साधना खातिर मन आ शरीर के तैयारी बदे, इ भोजन जरूरी बा। रसोई बनावे में पूरा सावधानी बरतल जाला। घर के जाँता धो-पोंछ के सुखा दिहल गइल बा। चौका लीप दिहल गइल बा। अब ओही जाँता पर छठ के गेहूँ पीसल जाई। आटा तइयार होई। चूल्हा खातिर आम के लकड़ी जुटावल जाई। एह काम में कवनो दोसर लकड़ी के इस्तेमाल ना होई। हर चीज के चुनाव में पुरनियन के चलावल परिपाटी बा। ओह परिपाटी के पीछे उनकर अनुभव आ जीवन-बोध बा। फेर खरना आवेला। घर में चूल्हा तइयार बा। पितरिया कराही चढ़ गइल बा। साँझ के पूजा होला। धूप-हुमाद देखावल जाला। केरा के पात पर रोटी, साठी के चाउर के खीर आ केला के प्रसाद सजावल जाला। पहिले व्रती प्रसाद ग्रहण करेली। फेर पूरा परिवार ओही प्रसाद के आदर से खाला। एही के संगे निर्जला व्रत सुरू हो जाला। घर में एगो अलग किसिम के अनुशासन उतर आवेला। रसोई से लेके आँगन तक हर आदमी आपन जिम्मेदारी समझेला। केहू लकड़ी जुटावेला, केहू बरतन धोवेला, त केहू प्रसाद बनावे में हाथ बँटावेला। घर के काम सबके काम हो जाला। खरना के बाद ठेकुआ बनावे के तइयारी सुरू हो जाले। चौका में पितरिया कराही चढ़ेला। आटा सानल जाला। ठेकुआ के साँचा निकालल जाला। आम के लकड़ी पर प्रसाद छानल जाला। एह बीच गीतन के एगो पूरा संसार खुल जाला। गीत गावत हाथ चलत रहेला। केहू एगो पाँति उठावेला, बाकी मेहरारू लोग ओह पाँति के दुहरावेली। एह तरह गीत घर के काम में घुल-मिल जालें। ऊ पूजा के तइयारी से अलग कवनो मनोरंजन नइखन। पूजा के विधि के हिस्सा बाड़ें। अब साँझ के अरघ के बेरा आ गइल। पहिले खेत से ऊँख आवत रहे। अब गन्ना के खेती कम हो गइल बा त छठ खातिर अस्थायी बाजार सजे लागल बा। लोग उहँओ निखहरे पाँव जाएला। दउरा आ बहँगी खातिर सामान जुटावेला। केला, शरीफा, काँच हरदी, अदरक, घुइयाँ, सिंघाड़ा, डठगर पान, अलता, पियरका सेनुर, सुपारी, बोड़ो, मूली, काँच केला, नारियल, अनारस, सेव, नारंगी, नींबू, गागल आ केरा के घवद। बाँस के सूपो आवेला। काँच बाँस के बहंगी भी। मय सामान घरे आ जाला त फेर से धोवल जाला। एक-एक चीज के जतन से दउरा में सजावल जाला। इहाँ सजावे के मतलब देखावा नइखे। ई धरती के देन के प्रति कृतज्ञता जतावे के लोकरीति ह। धरती जवन देले बिया, ओही के लेके मनई अपना आराध्य के सोझा हाजिर होला। पुरा लेख पढीं - m.facebook.com/story.php?sto…
4
6
199
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
छठ पर्व के व्याकरण/ छठ पूजा के ग्रामर । आखिर छठ पूजा के गीतन के का महता बा ! सुनी एह छठ गीतन के ! youtube.com/live/CV6w4YCbdW0…
1
3
156
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
छूट गइल माई क अचरा, छूटल गांव सिवान हो। दू पइसा के खातिन अइलीं, शहरी बन अनजान हो। कहे के बा की गांव के माटी से अन धन बरसेला। महंगी बा एतना की अब, ओसे ना पेट भरेला। पइसा जब भेजब तब जीयल ऊँहा होई आसान हो। दू पइसा के खातिन अइलीं, शहरी बन अनजान हो। उठल भीत बा घर के लेकिन, छत बा ओकर बाकी। दुअरा पर पानी लागे ला, गईयन के बा टाटी। खटब शहर में तबे जुटाइब, लिंटर के सामान हो। दू पइसा के खातिन अइलीं, शहरी बन अनजान हो। घर में बा बिजली सबके पर मन में अन्हरिया छाइल। जाने काहें सुरसा जइसन दुख सबके बढ़िआइल। सूद क पइसा भेजत रहिया कहले बा परधान हो। दू पइसा के खातिन अइलीं, शहरी बन अनजान हो। माई कहे ले बाबू हमरा मूड़ी रोज पीराला। मेहरारू के खटनी कई कई देहियाँ रोज खियाला। दूर देश से परिवरवा क पइसा राखे ध्यान हो। दू पइसा के खातिन अइलीं, शहरी बन अनजान हो। श्वेता राय
4
5
208
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
छठ पर्व के व्याकरण/ छठ पूजा के ग्रामर । आखिर छठ पूजा के गीतन के का महता बा ! सुनी एह छठ गीतन के ! youtube.com/live/CV6w4YCbdW0…
3
4
194
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
पिछला कुछ साल से छठ पूजा के बेर एगो आवाज के इंतजार अब आदत बन गइल बा । आज उहां के आवाज में छठ गीत आइल बा । बाजार के एह आपाधापी से परे, नेम से पत साल छठ गीतन के अनमोल धरोहर में कुछ नग कुछ मोती जोहि के सोझा राखेनी Smita Rajan जी ! इहां के आवाज में असो के गीत सुनल जाउ - youtu.be/fVsox14tKzI?si=5dPI…
2
3
206
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
लोक आस्था और सूर्य उपासना के चार दिवसीय पावन अनुष्ठान महापर्व छठ के शुभारंभ पर सभी देशवासियों को हार्दिक शुभकामनाएँ। आज नहाय-खाय है। सभी व्रतियों को मेरा नमन। सबको छठी मइया का आशीर्वाद मिले, यही कामना है।
637
3,835
99
22,580
3,250,701
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
छठ पर्व के तइयारी आ एह तइयारी के संगे गवाए वाला गीतन के भाव… छठ माई के नेवता देहला के बाद अब तइयारी के अगिला डेग अंगउ गंहूम के धोवे सुखावे पीसे के तइयारी ! youtu.be/-za6m0PlYXs?si=JxsQ…
3
13
365
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
आखिर का हऽ ‘चउमुख दियना’ - देवेन्द्र नाथ तिवारी छठ के गीतन में एगो बात बार-बार मन के छू जाले। ‘चउमुख दियना’। दू गो शब्द, बाकिर एहमें समाइल संसार केतना बड़ बा! माटी के पात्र, चार गो बाती आ चारो ओर फइलत लौ। देखे में तऽ इ पूजा के एगो साधारण सामान हऽ, बाकिर लोक के कल्पना में एकर अरथ एतने भर नइखे। लोक अपना छोट-छोट चीज-बतियन में पूरा संसार के समेट लेला। नदी, खेत, अकास, सूरज, घर-परिवार आ पुरखन के स्मृति, सब कुछ ओकरा जीवन-बोध के हिस्सा हऽ। चउमुख दियना के चारो मुख में भी लोक के एही व्यापक दृष्टि के झलकि मिलेला। हमनी के लोक में दर्शन पोथी-पतरा तक सीमित नइखे। ऊ चूल्हा के आँच में बा, खेत के मेड़ पर बा, इनार के पानी में बा आ अंगना के तुलसी चौरा में भी। सोहर, कजरी आ छठ के गीतन में जीवन के अनुभव, प्रकृति के प्रति नेह आ पुरान संस्कार एक-दूसरा में घुलल-मिलल मिलेलें। एहिजे लोक के सृजनशीलता के असल पहचान बा। ऊ गूढ़ बात के सहज प्रतीक में ढार देला। चउमुख दियना अइसने एगो प्रतीक हऽ। भारतीय चिंतन में चार के अंक के खास महत्त्व बा। चार दिशा, चार पुरुषार्थ, चार वेद आ चार आश्रम। सबसे पहिले दिशा के बात। पूरुब, पच्छिम, उत्तर आ दक्खिन। आदमी के आवागमन, ओकर बसावट आ संसार के बोध एही चार दिशा से बनत बा। पूरुब में सूरज उगेला, पच्छिम में डूबेला। छठ के परब में दुनो रूप के समान आदर मिलेला। उगत सूरज के अरघ देबे के परंपरा तऽ बटले बा, डूबत सूरज के सामने भी व्रती ओतने श्रद्धा से माथ नवावेली। लोक के इ भाव-बोध बड़ अर्थवान बा। ओकरा नजर में जीवन के उदय आ अवसान, दुनो के आपन गरिमा बा। चउमुख दियना के चारो ओर फइलत लौ मानो चारो दिशा के अपना नेह में समेट लेत होखे। चार पुरुषार्थ के प्रसंग में चउमुख दियना के एगो अउरी अर्थ खुलता। धर्म, अर्थ, काम आ मोक्ष। भारतीय जीवन-दृष्टि एह चारो के जिनगी के जरूरी आधार मानले बिया। धर्म से मरजादा मिलेला, अर्थ से जिनगी के निर्वाह होला, काम से नेह आ रस बनल रहेला आ मोक्ष से बंधनमुक्ति के आकांक्षा। लोक के आदमी एह चारो के अपना रोजमर्रा के जीवन में जीयेला। खेत में मेहनत, परिवार के परवरिश, पड़ोसी के दुख में साझेदारी आ जरूरतमंद के सहायता, इ सब ओकर धर्म के सहज रूप हऽ। ओकरा खातिर अर्थ मेहनत से उपजल अन्न हऽ, काम नेह-पिरित आ मोक्ष अपना स्वार्थ से ऊपर उठे के चाह। एह तरह चार पुरुषार्थ कवनो दूर के दार्शनिक कल्पना ना रह जालें, जिनगी के व्यवहार में उतर आवेलें। चार वेद के इयाद भी एह प्रसंग में स्वाभाविक बा। ऋग्वेद, यजुर्वेद, सामवेद आ अथर्ववेद। भारतीय ज्ञान-परंपरा के एह चारो धारा में प्रकृति, यज्ञ, संगीत, औषधि आ मनुष्य के जीवन से जुड़ल अनेक प्रसंग बा। सामवेद के संगीत-परंपरा के याद आवते छठ के गीत कान में गूँजे लागेलें। खेत में काम करत मेहरारू के कंठ से उठल गीत, घाट पर समूह में गावल जात अरज आ पीढ़ी-दर-पीढ़ी चलत धुन, इ सब लोक के सांगीतिक विरासत ह। एह गीतन के कवनो लिखित विधान के जरूरत ना पड़ल। माइ से बेटी, सास से बहू आ एगो पीढ़ी से दोसरा पीढ़ी तक इ धरोहर सहज रूप से चहुँचत रहल। चउमुख दियना के चारो मुख में चार वेद के कल्पना एह शास्त्रीय परंपरा आ लोक-संस्कृति के बीच एगो सुंदर साम्य रचेला। चार आश्रम, ब्रह्मचर्य, गृहस्थ, वानप्रस्थ आ संन्यास, जीवन के चार पड़ाव के बोध करावेलें। बालपन के सीख, गृहस्थी के जिम्मेदारी, सांसारिक कामना से क्रमशः विरक्ति आ अंततः साधना के राह। छठ के परब में एह पीढ़ीगत परंपरा के जीवंत रूप देखे के मिलेला। घर के बुजुर्ग मेहरारू व्रत के नेम बतावेली, बहू ओकरा निभावेली आ लइका लोग देखत-देखत रीति-रिवाज सीखेला। एह तरह परंपरा के किताब में ना, घर-अंगना के व्यवहार में अगिला पीढ़ी तक पहुँचावल जाला। बाकिर चउमुख दियना के अर्थ खाली एह चार सांस्कृतिक अवधारणा तक सीमित नइखे। ओकरा बनावे आ जरावे में जे लोकजीवन जुड़ल बा, ऊ भी कम महत्त्व के नइखे। माटी के दीया कुम्हार के हाथ से बन के आवेला। ओकरा में डाले वाला तेल खेती से मिलेला, बाती कपास से बनेले आ ओकरा जरावे वाला घर के केहू सदस्य होला। एगो छोटहन दीया में धरती, खेती, शिल्प आ श्रम के एतना सहज मेल बा। छठ के अनुष्ठान एह मेल के अउरी व्यापक बना देला। बाँस के सूप, माटी के चूल्हा, गन्ना, नारियल, केला आ फल-फूल, सब प्रकृति आ मनुष्य के साझेदारी के प्रमाण ह। पुरा पढीं आखर प - facebook.com/share/p/1Cggd8f…
4
7
239
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
आज से छठ पूजा के तैयारी शुरू होई ! एह पूजा के शुरुआत छठ माई आ प्रकृति के नेवते से शुरू होला ! सुनल जाउ एह गीत के - youtu.be/qDEzTEHScAw?si=AgMK…
2
3
12
505
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
आखर परिवार के ओर से दिअरी - बाती के एह पावन तेवहार प खूब बधाई आ शुभकामना.... सभका जिनगी में अँजोर बनल रहे, सब लोग खुश रहे स्वस्थ रहे जिंदाबाद रहे, भोजपुरी भाषा, समाज, क्षेत्र, भारत देस आ संवसे सृष्टि के विकास होखे, सही तरीका से आगे परी डेग बढ़त रहे, बस इहे कामना बा... भोजपुरी भाषा खातिर भोजपुरिया लो अँजोर बनो आ अन्हार के चहेट के भगा देउ बस इहे चाहीं असो के दिवाली प..
2
9
221
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
शुभ दिवाली ! दिअरी-बाती के खुब बधाई । भोजपुरिया इलाका में दिवाली से पहिले साफ-सफाई , रंगाई-पुताई के बाद दीवाल पर चित्रकारी कइल जाला । घरौंदा बनावल जाला । देवी देवता लो के तरह तरह के रंग से देवाल पर उकेरल जाला । ई कला आज बिलम रहल बा । दिवाली के दिन माई लक्ष्मी के पूजा उनकर तीन रूप महालक्ष्मी, महाकाली आ महासरस्वती में कइल जाला । दिवाली के एगो आउर रूप ह काली पूजा । असम, बंगाल, ओड़िसा आ मिथिला क्षेत्र में ई श्यामा पूजा आ महानिशा पूजा कहला । आखर परिवार आ ओर से रउवा सभे के दिवाली के अनघा शुभकामना आ बधाई बा । फोटो में - 1- काली माई के पेंटिंग भोजपुरिया भित्ती कला में 2- भगवान गनेश आ लछिमी माई के पेंटिंग भोजपुरिया भित्ती कला में 3- भगवान राम के अयोध्या वापसी , सरजू जी में नाई प भगवान राम लखन जी सीता माई आ हनुमान जी के भोजपुरिया भित्ती कला में पेंटिंग चित्र / पेंटिंग साभार - संजीव सिन्हा लेख / कंटेंट - शशी रंजन मिश्र
3
15
420
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
2010 में सिवान के जीरादेई में पहिला भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मेलन आयोजित भइल। इंटरनेट के शुरुआती दौर रहे। आयोजक लोग इंटरनेट के माध्यम से जुड़ल रहे । एक दूसरा के केहू देखले तक ना रहे । तय भइल कि कार्यक्रम राजेंद्र बाबू के जन्मभूमि पर होई । हम उत्साहित होके जिम्मेदारी ले लिहनी । तैयारी शुरू भइल । रोज शाम के गुरुजी से आयोजन के उद्देश्य आ कार्यक्रम के स्वरूप के साथे - साथे तैयारी पर बात होखे । गांव के युवा लो के जबरदस्त सहयोग मिलल । जीरादेई में पंजवार जम गइल। गुरुजी के नेतृत्व में नवचेतना समिति जीरादेई के अपना रंग में रंग लेले रहे । 3 दिसंबर के रात में मंच से जब भरत शर्मा जी के कंठ से निकलल, अँगना दुआर सगरी महल अटरियाs.... जीरादेई के हर घर के केवाड़ी में ताला लाग गइल रहे । मरद - मेहरारू, लइका -लइकी , बूढ़ - जवान, सभे पांडाल के शोभा बढ़ावत रहे । सबका मन पर अमिट छाप छोड़ गइल ई आयोजन । तय भइल रहे कि हर साल सम्मेलन अलग अलग जगह पर होई । अगिला साले जब आयोजन स्थल चयनित करे के बात आइल त सबके दिमाग में गुरुजी के चेहरा नाचत रहे । बाद में पंजवार आखर के कर्मस्थली बन गईल आ गुरुजी एकर प्रतीक । नमन गुरुदेव 🙏🙏
5
3
251
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
Hello @SarvamAI, I am 70, an oral cancer survivor since 2015. Cancer took away my God-given gift of speech. Today, my wife is my voice before doctors, banks and the outside world. I have spent years communicating through written notes, often unread or unanswered. At cancer hospitals, I see countless patients struggling to express their suffering. Our pain is ours, but our voice has become someone else’s. India has an estimated 1.99 million people with speech disabilities. For us, Text-to-Speech AI is not a convenience. It is our lost voice restored. A doctor may not read my 100-word note, but could listen to it in under a minute. Yet your per-character pricing makes regular use expensive. Could @SarvamAI introduce an affordable, unlimited-use Divyangjan monthly subscription like other AI models like #ChatGPT #GeminiAI? We are not asking for charity. We are asking for the dignity of speaking for ourselves. Waiting for your reply so that I can subscribe this tool right away. @narendramodi @AshwiniVaishnaw
54
305
17
1,728
147,503
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
शारदा सिन्हा : बिहार कोकिला - सुर के देवी ! जयंती - 1 अक्टूबर 1952 पुण्यतिथि- 5 नवम्बर 2024 लोक पर्व छठ के असल आवाज, बिहार के लोकभाषा सभ के आवाज, भोजपुरी में गीत-संगीत के अटूट पहचान माई शारदा जी के पुण्यतिथि प आखर परिवार बेर बेर नमन क रहल बा श्रद्धांजलि दे रहल बा ! बेर बेर नमन माई शारदा 🙏🙏
3
6
281
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
संपूर्ण पारिवारिक फ़िल्म ।
Ek jodi, baaki sab jury - Ab hoga asli ManuRanjan. 🥰🏡 Watch Pankaj Tripathi and Aditi Rao Hydari in Sony LIV Original Parivarik ManuRanjan, streaming from 13 November on Sony LIV. #ParivarikManuRanjan @TripathiiPankaj @aditiraohydari #VarunVSharma @vinodbhanu
15
28
3
503
41,628
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
अप्रवासी दिवस : मॉरिसस मे भोजपुरी आ भोजपुरिया 2 नवम्बर 1834, के मॉरिसस मे भारत से भोजपुरिया लोगन के पहिला खेप एटलस जहाज से पहुंचल रहे । एग्रीमेंट के हिसाब से मजदूर लोग मॉरिसस पहुंचल रहे जे बाद मे " गिरमिटिया " के नाव से जानल जाला । 2 नवम्बर के मॉरिसस में अप्रवासी दिवस मनावल जाला। 5 साल के कांट्रेक्ट ओह लोगन से भईल जे कलकत्ता मे ओह घरी नोकरी करत रहे , आ ब्रिटेन के ट्रेडिंग कम्पनी " हंटर-आर्बुथ्नाट एंड कम्पनी " संगे ई कांट्रेक्ट जवना के एग्रिमेंट कहल गईल, बनल रहे । पहिला खेप मे उ लोग रहे जे बिहार आ पुर्वांचल से कलकत्ता मे नोकरी करत रहे आ ओह लो के बहुत कुछ देबे के वादा कई के ई एग्रिमेंट भईल रहे । ब्रिटेन के ई कम्पनी ओह घरी कलकत्ता आ मॉरिसस, दुनो जगहा रहे आ ओकरा बिहार पुर्वांचल के लोग मजदूरी खाति नीमन बुझाईल । 36 लोगन के पहिला टीम जवना के मेठ " स्वरुप " रहले आ उनुका संगे रहले सबराम । एह लो के संगे जाये वाला अउरी लोगन मे कुछ नाव रहे कैलाशचंद , दूखन , भुमराह , बुद्धू , बिगना , चम्पा , लुगन , बुद्धराम । कांट्रेक्ट बंगाली भाषा मे लिखल रहे जवना मे महीना के तनखाह मे मरदाना खाति 5 रुपया आ मेहरारुन खातिर 4 रुपया रहे । मेठ के तनखाह 10 रुपया महीना आ मेठ के संगे जे रहे ओकर 8 रुपया महीना तनखाह रहे । ई यात्रा भारत में कलकत्ता पोर्ट से मॉरिसस में पोर्ट लुईस ( वर्तमान में अप्रवासी घाट ) ले रहे । 1834 से 1910 के बीचे 451796 लोग मारिसस गईल रहे जवना मे 346036 लोग मरदाना आ 105760 लोग मेहरारु रहे । तकरीबन 294257 लोग मॉरिसस मे रुकि गईल , जबकि 157539 लोग वापस भारत लवट आईल आ एहि मे से कुछ लोग दक्षिण अफ्रीका , ब्रिटिश गुयाना , त्रिनिदाद आ फिजी चल गईल । मॉरिसस में पहुंचल इहे लोग आजुओ अपना भाषा अपना संस्कार के बना के रखले बा , आजूओ एह देस मे भोजपुरी के फेंड़ प हिन्दी के फर लागल बा । बेरि बेरि नमन मेहनतकश समाज के ...
8
2
16
1,564
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
496 million people lifted out of poverty. 📈🇮🇳 • Extreme poverty ($3.00 a day) collapsed from 27.1% to 2.6%. ✅️ • Poverty at the $4.20 line fell from 57.7% to 16.1%. ✅️ The World Bank’s October 2026 Poverty and Equity Brief delivers defining data on India’s structural ascent (2011–2023). That’s not a small statistical shift. It’s a structural transformation of living standards for hundreds of millions of households. • The Hard Numbers – Multidimensional Poverty (MPI): Crashed from 53.8% (2005–06) to 15.5% (2022–23). • Employment & Inequality Trends – 134M Net Jobs (2017–2023): Employment expanded at 2x the working-age population growth, driven by rural women entering the paid workforce. What made it possible? • Direct Benefit Transfers and Aadhaar-linked delivery sharply reduced leakage in welfare. • Large numbers of rural women entered paid work, raising the number of earners per household. • Sustained public investment in connectivity and digital public infrastructure kept consumption resilient even through global shocks. The old challenge: extreme deprivation, is largely behind us. The new one is harder and more consequential: converting this progress into high-productivity jobs, deeper manufacturing capability, and higher real wages. Survival is no longer the binding constraint. Building the next layer of prosperity is. @WorldBankGroup @IMFNews CC @PMOIndia @FinMinIndia @NITIAayog #IndianEconomy #PovertyReduction #WorldBank #ViksitBharat #DPI #MakeInIndia #Jobs
11
92
2
246
6,402
डॉ. देवेंद्र तिवारी (Dr. Devendra Tiwari) retweeted
प्रो. (डॉ) अर्जुन तिवारी : जयंती विशेष जन्मतिथि - 24 अक्टूबर 1941 पुण्यतिथि - 23 अप्रैल 2021 भोजपुरी भाषा, साहित्य, इतिहास आ शब्दकोष के जानकार आ लिखवइया, प्रो. (डॉ) अर्जुन तिवारी जी के जयंती प आखर परिवार बेर बेर नमन क रहल बा । मूल रुप से देवरिया जिला के भाटपार-रानी के रहनिहार डॉ अर्जुन तिवारी जी पत्रकारिता आ साहित्य में पीजी कइले रहनी आ लगभग 34 बरिस से भाटपार रानी कालेज में इहां के पढवले बानी । डॉ अर्जुन तिवारी जी के देवरहवा बाबा के भी सानिध्य मिलल । काशी विद्यापीठ के पत्रकारिता विभागाध्यक्ष पद से सेवानिवृत रहनी । बाद में कुछ समय खातिर नालंदा मुक्त विश्वविद्यालय बिहार से जुड़ल रहनी । प्रो (डॉ) अर्जुन तिवारी जी के प्रकाशित / सम्पादित ग्रंथ - 1- स्वतंत्रता आन्दोलन और हिन्दी पत्रकरिता 2- आधुनिक पत्रकारिता 3- जनसंचार और हिन्दी पत्रकारिता 4- हिन्दी पत्रकारिता का वृहद इतिहास 5- इतिहास निर्माता पत्रकार 6- आधुनिक विज्ञापन 7- हिन्दी व्याकरण और रचना 8- पराड़कर जी- एक जीवनी 9- मीडिया समग्र 10- जनसम्पर्क सिद्धांत एवं व्यवहार 11- सम्पूर्ण पत्रकारिता 12- सद्‌भाव सेतु शंकर 13- भोजपुरी साहित्य के इतिहास 14- भोजपुरी- हिन्दी- अंग्रेजी त्रिभाषी शब्दकोश 15- भोजपुरी हिन्दी शब्दकोष 16- समकालीन भोजपुरी साहित्य कs समीक्षात्मक अध्य्यन 17- आजादी के लड़ाई आ जुझारू भोजपुरिया भोजपुरी भाषा आ साहित्य खातिर अजगुत योगदान देबे वाला प्रकांड विद्वान आ अनन्य भोजपुरी प्रेमी, अंग्रेजी हिन्दी आ भोजपुरी के सुप्रसिद्ध विद्वान डॉ अर्जुन तिवारी जी के आज जयंती ह आ आखर परिवार अपना एह सुप्रसिद्ध रचनाकार, साहित्यकार के बेर बेर नमन क रहल बा ।
4
8
258